Advertisment1

यह एक धर्मिक और राष्ट्रवादी पत्रिका है जो पाठको के आपसी सहयोग के द्वारा प्रकाशित किया जाता है अपना सहयोग हमारे इस खाते में जमा करने का कष्ट करें | आप का छोटा सहयोग भी हमारे लिए लाखों के बराबर होगा |

जातसारी

जातसारी

जय प्रकाश कुवंर
जांत पिसत बाड़ी,
मुन्नी के महतारी।
झूम झूम गावत बाड़ी,
मधुर जातसारी।।
जौ- मटर के सतुआ,
हलवाहा सब ख‌इहें।
हर जोत खेतवन में,
हेंगा चल‌इहें।।
खेत जोत बोए खातिर,
होई तैयारी।।
जांत पिसत बाड़ी,
मुन्नी के महतारी।
झूम झूम गावत बाड़ी,
मधुर जातसारी।।
द‌उरी में राखल जौ-मटर के,
जांत में झींक लगावत बाड़ी।
पलथी मार के बैठल बाड़ी,
समेटले बाड़ी साड़ी ।।
जांत पिसत बाड़ी,
मुन्नी के महतारी।
झूम झूम गावत बाड़ी,
मधुर जातसारी।।
हथ्था पकड़ के घुमावत बाड़ी,
जांत बाटे भारी।
एने जांत के आवाज मधुर,
ओने ओतने मधुर जातसारी।।
जांत पिसत बाड़ी,
मुन्नी के महतारी।
झूम झूम गावत बाड़ी,
मधुर जातसारी।।
हमारे खबरों को शेयर करना न भूलें| हमारे यूटूब चैनल से अवश्य जुड़ें https://www.youtube.com/divyarashminews #Divya Rashmi News, #दिव्य रश्मि न्यूज़ https://www.facebook.com/divyarashmimag

एक टिप्पणी भेजें

0 टिप्पणियाँ