Advertisment1

यह एक धर्मिक और राष्ट्रवादी पत्रिका है जो पाठको के आपसी सहयोग के द्वारा प्रकाशित किया जाता है अपना सहयोग हमारे इस खाते में जमा करने का कष्ट करें | आप का छोटा सहयोग भी हमारे लिए लाखों के बराबर होगा |

युद्ध के असर

युद्ध के असर

जय प्रकाश कुवंर
इरान में धांय धांय गोला बरस रहल बा।
भारत में लोग गैस खातिर तरस रहल बा।।
इजराइल, अमेरिका, इरान आपस में लड़त बा।
बाकिर एकर असर पूरा दुनिया पर पड़त बा।।
इरान खुंखार बनके पुरा अरब पर,
गोला बारूद बरसा रहल बा।
अमेरिका के अड्डा सहित ,
पुरा अरब के तेल गैस कुंआ जला रहल बा।।
भारत में लोग गैस के चलते,
कोइला, लकड़ी, गोंइठा जलावल भुला ग‌इल।
इरान देश में लड़ाई के चलते,
गैस लेके आवे वाला जहाज ओनहीं घेरा ग‌इल।।
तेल गैस सब ओनहीं से आवत रहल,
बमबारी से सब तेल गैस प्लांट जल रहल बा।
इ लड़ाई सारा दुनिया में खलबली मचा दिहलस,
भारत में त सबकर दिल दहल रहल बा।।
लड़ाई कब रुकी से कुछ बुझाते नइखे।
लकड़ी कोइला का धुंआ से त आंसू बंद भ‌इल,
बाकिर गैस के आफत कब तक आंसू बहाई,
इ बात अपना देश में केहू का बुझाते नइखे।।
लोग गैस के विकल्प बिजली चुल्हा खोजत बा,
बिजली के दाम बेतहाशा बढ़ल जात बा।
इरान सहित पश्चिम एशिया में लड़ाई का संकट से,
भारत सहित एशिया के सभ देश पिसात बा।।
सुनतानी एह लड़ाई के चलते,
तेल गैस सब कुछ के दाम बढ़ जाई।
शांति के संदेश सगरे खाली नारा बा,
लड़ाई के विभिषिका का होला, सारा दुनिया के बुझाई।।
हमारे खबरों को शेयर करना न भूलें| हमारे यूटूब चैनल से अवश्य जुड़ें https://www.youtube.com/divyarashminews #Divya Rashmi News, #दिव्य रश्मि न्यूज़ , https://www.facebook.com/divyarashmimag

एक टिप्पणी भेजें

0 टिप्पणियाँ