नकल
जय प्रकाश कुवंरआज कल लोग देखा देखी करत बा।
आज कल लोग नकलची में मरत बा।।
दोसरा के काम लोग से गिनले गिनात नइखे।
आपन काम केहू का तनिको सोहात नइखे।।
आपन काम कइला में भगवान परीक्षा लेले।
मेहनत करे वाला के, बहुत बढ़िया फल देले।।
एक ही जगह सबके सूरत गढ़ाला।
केहू होला गोरा त केहू होला काला।।
ईश्वर के इ करनी भी मन में समात नइखे।
नकल कइला बिना, केहू से रहल जात नइखे।।
मन के समेट के अपने काम में लगाईं।
लालच में पड़ीं मत,ओकर नीमन फल पाईं।।
देखा देखी कुछ ना होला, आपन काम आपन होला।
अपने काम में मिहनत से, ओकर बढ़ियां फल मिलेला।।
हमारे खबरों को शेयर करना न भूलें| हमारे यूटूब चैनल से अवश्य जुड़ें https://www.youtube.com/divyarashminews #Divya Rashmi News, #दिव्य रश्मि न्यूज़ https://www.facebook.com/divyarashmimag
0 टिप्पणियाँ
दिव्य रश्मि की खबरों को प्राप्त करने के लिए हमारे खबरों को लाइक ओर पोर्टल को सब्सक्राइब करना ना भूले| दिव्य रश्मि समाचार यूट्यूब पर हमारे चैनल Divya Rashmi News को लाईक करें |
खबरों के लिए एवं जुड़ने के लिए सम्पर्क करें contact@divyarashmi.com