मतदान

मतदान

भईया देके मूॅंछ पे ताव ,
चलs करे अब चुनाव ,
हर गाॅंव नगर बूथ तईयार बा ,
स्वागत में खाड़ बा ना ।
मत बनिह तू नादान ,
जरूर करिह तू मतदान ,
मत दिह तूहूॅं जाके ,
देशहित रखिह तूहूॅं ध्यान ।
मतदाने के चलत बयार बा ,
चुनल आपन अधिकार बा ना ।
हर गाॅंव नगर बूथ तईयार बा ,
स्वागत में खाड़ बा ना ।।
मत बेंचिह आपन तूहूॅं वोट ,
केहू कतनो चाहे देवे नोट ,
सजग रहिह भईया तूहूॅं ,
केहू लेवे ना तोहरा पोट ।
लाईन में खड़ा देखीं नारी नार बा ,
देशहित के विचार बा ना ।
हर गाॅंव नगर बूथ तईयार बा ,
स्वागत में खाड़ बा ना ।।
राष्ट्रीय बाटे ई त्यौहार ,
गंदा करिह मत तू व्यवहार ,
निमन रखिह तूहूॅं ई विचार ,
वोट कीमती बाटे तोहार ।
निमन नेता चुनल अधिकार बा ,
राष्ट्रहित में तोहर भार बा ना ।
हर गाॅंव नगर बूथ तईयार बा ,
स्वागत में खाड़ बा ना ।।
पूर्णतः मौलिक एवं
अप्रकाशित रचना
अरुण दिव्यांश
डुमरी अड्डा
छपरा ( सारण )बिहार ।
हमारे खबरों को शेयर करना न भूलें| हमारे यूटूब चैनल से अवश्य जुड़ें https://www.youtube.com/divyarashminews https://www.facebook.com/divyarashmimag

एक टिप्पणी भेजें

0 टिप्पणियाँ