भारतीय हाड़ के हार बिहार
अरुण दिव्यांशभारतीय हाड़ के ई हार बिहार बा ,
भारत के पूर्वोत्तर दुआर बिहार बा ।
बिहार त भारतीय बा पावन स्थली ,
भारत के ई अंत:स्थली बिहार बा ।।
भारत के सच्चा आधार बिहार बा ,
जंग में ना मानेवाला हार बिहार बा ।
भारत के पैनी हथियार बिहार बा ,
भारती माई प्रखर प्रहरी बिहार बा ।।
भारत के जवान जवानी बिहार बा ,
भारत के तेज पैनी धार बिहार बा ।
भारत के सच शिष्टाचार बिहार बा ,
भारत के ई प्रखर प्रहार बिहार बा ।।
भारत के असली निखार बिहार बा ,
निष्ठा शिष्टता सच्चा यार बिहार बा ।
राजेंद्र कुॅंअर गोविंद बुद्ध महावीर ,
लाखों आजुओ तईयार बिहार बा ।।
शील गुण संपन्न संस्कार बिहार बा ,
गद्दारन खातिर तिहाड़ बिहार बा ।
भोजपुरी मैथिली अंगिका मगही ,
जहाॅं भाषा चार उद्गार बिहार बा ।।
पूर्णतः मौलिक एवं
अप्रकाशित रचना
अरुण दिव्यांश
छपरा ( सारण )बिहार ।
हमारे खबरों को शेयर करना न भूलें| हमारे फेसबुक पेज से जुड़े https://www.facebook.com/divyarashmimag हमारे यूटूब चैनल से अवश्य जुड़ें https://www.youtube.com/divyarashminews हमें ट्विटर पर फॉलो करे :- https://x.com/DivyaRashmi8

0 टिप्पणियाँ
दिव्य रश्मि की खबरों को प्राप्त करने के लिए हमारे खबरों को लाइक ओर पोर्टल को सब्सक्राइब करना ना भूले| दिव्य रश्मि समाचार यूट्यूब पर हमारे चैनल Divya Rashmi News को लाईक करें |
खबरों के लिए एवं जुड़ने के लिए सम्पर्क करें contact@divyarashmi.com
#NEWS,
#hindinews