चुनावी हवा
जय प्रकाश कुवंरबिहार में चुनाव जितना नियरात बा।
सरकारी पैकेज ओतने जोड़ से बांटात बा।।
अब सब विभाग में नौकरी के भरमार बा।
सब लोग नौकरी पायी , जेतने बेकार बा।।
चुनावी हवा में लोग के भाग्य बदल जाई।
भूखे केहू ना मरी, २० रुपया में खाना पाई।।
चुनावे खातिर सब पैकेज अटकल रहल।
अब पैकेज सब, बाढ़ नियर बहे लागल।।
फायदा के वादा करके, पार्टी जब जीत जाई।
ओकरा बाद कौनों नेता पड़िहन ना दिखाई।।
फिर रह जायी, उहे ढाक के तीन पात।
आन्धर खातिर एक ही बा, चाहे दिन चाहे रात।।
आम जनता के भैया, सब दिन इहे हाल बा।
छोटका बड़का नेता लोग, सब घरी निहाल बा।।
हमारे खबरों को शेयर करना न भूलें| हमारे यूटूब चैनल से अवश्य जुड़ें https://www.youtube.com/divyarashminews #Divya Rashmi News, #दिव्य रश्मि न्यूज़ https://www.facebook.com/divyarashmimag
0 टिप्पणियाँ
दिव्य रश्मि की खबरों को प्राप्त करने के लिए हमारे खबरों को लाइक ओर पोर्टल को सब्सक्राइब करना ना भूले| दिव्य रश्मि समाचार यूट्यूब पर हमारे चैनल Divya Rashmi News को लाईक करें |
खबरों के लिए एवं जुड़ने के लिए सम्पर्क करें contact@divyarashmi.com