हम त छोटा बानीं ।

हम त छोटा बानीं ( भोजपुरी )

हम त छोटा बानीं ।
देखे में तनी खोंटा बानीं , हम त छोटा बानीं ।।
कहत सुनत बतियात चलिला ।
डाढ़े डाढ़े पात पात चलिला ।।
बुद्धि के तनी मोटा बानीं ।
हम त छोटा बानीं ।।
ना बानीं हम कवनों ज्ञानी ।
ना दानी ना हम महादानी ।।
महाबुरबक हम टोंटा बानीं ।
हम त छोटा बानीं ।।
सबसे निमन हम बात करिला ।
सबके दिल से आत्मसात करिला ।।
ना राजद बीजेपी ना नोटा बानीं ।
हम त छोटा बानीं ।।
ना दानी के नादानी करिला ।
प्यार मोहब्बत सबमें भरिला ।।
ना बीच में हम ओटा बानीं ।
हम त छोटा बानीं ।।
सोच समझ के बात बोलीला ।
छुपल छुपल राज खोलिला ।।
जईसे सरकारी कोटा बानीं ।
हम त छोटा बानीं ।।
गलत कहीं त माफ करब ।
गंदगी होखे त साफ करब ।।
ना पहिनले मुखोटा बानीं ।
हम त छोटा बानीं ।।
खाना बानीं पानी बानीं ।
मानवता के प्राणी बानीं ।।
पानी पिएवाला लोटा बानीं ।
हम त छोटा बानीं ।।
पूर्णतः मौलिक एवं
अप्रकाशित रचना
अरुण दिव्यांश
डुमरी अड्डा
छपरा ( सारण )बिहार ।
हमारे खबरों को शेयर करना न भूलें| हमारे यूटूब चैनल से अवश्य जुड़ें https://www.youtube.com/divyarashminews https://www.facebook.com/divyarashmimag

एक टिप्पणी भेजें

0 टिप्पणियाँ