बाहर से कुछ भीतर से कुछ बा
बाहर से कुछ भीतर से कुछ बा ,जेकरा बा पूॅंछ ओकरे पूछ बा ।
नईखे ओकर दुनिया में गुजारा ,
जे अपना आप में छूॅंछे छूॅंछ बा ।।
जीवन में जतना लाग जाए दाग ,
खाली कपड़ा एगो बेदाग चाहीं ।
कतहीं केहू कबहुॅं कहे कुछुओ ,
पहिले कहे खातिर आग चाहीं ।।
सब कुछ धो के चिकन भईल ,
दाढ़ी संग छिलवले मूॅंछ बा ।
ओकर पूछ अब कतहीं नईखे ,
जे अपना आप में छूॅंछे छूॅंछ बा ।।
नेता अभिनेता अफसर के देखीं ,
मिलत बाटे सगरो ई स्थान ।
आचरण के चाहे उ भ्रष्ट होखे ,
तबहुॅं मिले ओकरे सम्मान ।।
उहे त बाटे अब सगरो पूछात ,
जहाॅं अंगूर दाना गुच्छे गुच्छ बा ।
ओकर पूछ अब कतहीं नईखे ,
जे अपना आप में छूॅंछे छूॅंछ बा ।।
ओकरो बा ई अरमान आपन ,
हमरो मिले यथोचित सम्मान ।
मानव मानव समान हो जाई ,
निकल जाए जो मन से गुमान ।।
गुणवान भईल पंक्ति से अलग ,
पंक्ति में आगे उहे जे खुद तुच्छ बा ।
ओकर पूछ अब कतहीं नईखे ,
जे अपना आप में छूॅंछे छूॅंछ बा ।।
पूर्णतः मौलिक एवं
अप्रकाशित रचना
अरुण दिव्यांश
छपरा ( सारण )बिहार ।
हमारे खबरों को शेयर करना न भूलें| हमारे यूटूब चैनल से अवश्य जुड़ें https://www.youtube.com/divyarashminews #Divya Rashmi News, #दिव्य रश्मि न्यूज़ https://www.facebook.com/divyarashmimag
0 टिप्पणियाँ
दिव्य रश्मि की खबरों को प्राप्त करने के लिए हमारे खबरों को लाइक ओर पोर्टल को सब्सक्राइब करना ना भूले| दिव्य रश्मि समाचार यूट्यूब पर हमारे चैनल Divya Rashmi News को लाईक करें |
खबरों के लिए एवं जुड़ने के लिए सम्पर्क करें contact@divyarashmi.com