हम तहार सन्तान ना हईं
पानी ना देम।
तहरा बेवकूफी अस
कुर्बानी ना देम।
तहार फोटो रखले बानी
मोंछ अँइठे खातिर
मनचाहल जगह
बइठे खातिर।
तू हमार का करबs?
फाँसी ना देबs
रोअs रोवsताड़ तs।
तहरा बहावल खून पs
पानी फेरबे करम।
सभकरा खातिर भले पतझार बा
हमरा खातिर बहार हs
लपेटम तहरा तस्बीर में
करिखा
आपन पगरी
ऊपर करे खातिर।
अँगरेज गइल नइखे
अँगरेजियत के साथ
दाँव लगवले बा
लंगी मारी
मुँहकुरिये फेंकइबs।
इतिहास
भूगोल के परती में भसम होखी।
एही माटी के जवान हईं
बाकिर,
हम तहार सन्तान ना हईं।
(गठरी से)
दिव्य रश्मि केवल समाचार पोर्टल ही नहीं समाज का दर्पण है |www.divyarashmi.com
0 टिप्पणियाँ
दिव्य रश्मि की खबरों को प्राप्त करने के लिए हमारे खबरों को लाइक ओर पोर्टल को सब्सक्राइब करना ना भूले| दिव्य रश्मि समाचार यूट्यूब पर हमारे चैनल Divya Rashmi News को लाईक करें |
खबरों के लिए एवं जुड़ने के लिए सम्पर्क करें contact@divyarashmi.com