Advertisment1

यह एक धर्मिक और राष्ट्रवादी पत्रिका है जो पाठको के आपसी सहयोग के द्वारा प्रकाशित किया जाता है अपना सहयोग हमारे इस खाते में जमा करने का कष्ट करें | आप का छोटा सहयोग भी हमारे लिए लाखों के बराबर होगा |

अजब मोबाइल कइलस हाल

अजब मोबाइल कइलस हाल

मार्कण्डेय शारदेय:
अजब मोबाइल कइलस हाल।
शोकग्रस्त अस मन बेहाल।।
कइसों-कइसों नया लियाइल,
लोगन के नम्बर उड़ियाइल,
फोन करसु त नाँव सँचाइल,
नवका जुग के बड़ जंजाल।
अजब मोबाइल कइलस हाल।।
नशा न एकर कवनो बा कम,
दुनिया जोड़े में बा अनुपम,
छन में खुशी सुनावे आ गम,
रुोके सब कुछ, कर हरताल।
अजब मोबाइल के बा हाल।।
मजदूरन से अधिकारी तक,
बचवन से झुलकुट नारी तक,
सबके ई बा बड़का धनसुत,
अजगुत एकर मायाजाल।
अजब मोबाइल कइलस हाल।।
हमारे खबरों को शेयर करना न भूलें| हमारे यूटूब चैनल से अवश्य जुड़ें https://www.youtube.com/divyarashminews #Divya Rashmi News, #दिव्य रश्मि न्यूज़ https://www.facebook.com/divyarashmimag

एक टिप्पणी भेजें

0 टिप्पणियाँ